×

कुछऊ नइखे

घरे रामायण गीता नइखे, चोटी, गजरा,फीता नइखे!

Roshni Khan
Published on: 10 Feb 2021 8:34 AM GMT
कुछऊ नइखे
X
भोजपुरी लोक पर आलोक शर्मा महाराजगंज की कविता (PC: social media)

Alok Sharma Maharajganj

आलोक शर्मा महराजगंज

धरम पंथ उ जाति नइखे,

घोर घनेरी राति नइखे!

मानव जिये मानव खातिर,

अइसन कवनो बाति नइखे!!

ये भी पढ़ें:एक्ट्रेस कंगना रनौत ने बॉम्बे हाई कोर्ट में BMC के नोटिस के खिलाफ दायर मुकदमा बिना शर्त वापस लिया

घरे रामायण गीता नइखे,

चोटी, गजरा,फीता नइखे!

राम कहीं ना बंचले जग में,

यही कारन केहु सीता नइखे!!

hukka hukka (PC: social media)

सालिक ग्राम उ देवता नइखे,

हरदी वाला नेवता नइखे!

खउलत दूध उतारे दुलहिन,

चउका में उ सेवता नइखे!!

एक जगह परिवार नइखे,

बड़का घर दुआर नइखे!

लेंन-देंन में बाति न बिगड़े,

अइसन कहीं उधार नइखे!!

बाबा के उ खादी नइखे

घर में बुढ़िया दादी नइखे

जवन सवाद बानर न जाने,

सब्जी में उ आदी नइखे!

मुनुओ के घर गांती नइखे,

मंगरु अइसन नाती नइखे!

घूमि-घूमि तेतरी बंचवाये,

प्रियतम के उ पाती नइखे!!

सासु से कवनो डर नइखे,

बिना दहेज के वर नइखे!

भसुर जहां न गारी सूने,

अइसन कवनो घर नइखे!!

कालानमक का चाउर नइखे,

कवनो गीति अब बाउर नइखे!

जायीं रहीं अनाथालय में,

रउरे घर अब राउर नइखे!!

हर जुआठा फार नइखे,

पहिले नियर कुदार नइखे!

चूल्हा खातिर चइला फारे,

टांगी में उ धार नइखे!!

टटिहर घर में टाटी नइखे,

कोरो,छप्पर बाती नइखे!

दुअरा पर गोहरा, भउरी,

उ भंटा चोखा बाटी नइखे!!

kajra kajra (PC: social media)

घरमे पतुकी नदिया नइखे

डोकिया कठवत मचिया नइखे

दादा सूति दवाई मांगे,

दुअरा अइसन खटिया नइखे!!

ये भी पढ़ें:केंद्रीय बजट 2021-22 पर राज्यसभा में चर्चा शुरू, मेजर पोर्ट अथॉरिटीज बिल-2020 पारित

ढिलही ककही जुआं नइखे

ढील हेरे बदे, फुआ नइखे!

रसरी गगरा झम-झम बाजे,

गांव में कवनो कुआं नइखे!!

दोस्तों देश दुनिया की और खबरों को तेजी से जानने के लिए बनें रहें न्यूजट्रैक के साथ। हमें फेसबुक पर फॉलों करने के लिए @newstrack और ट्विटर पर फॉलो करने के लिए @newstrackmedia पर क्लिक करें।

Roshni Khan

Roshni Khan

Next Story